विज्ञापन

बिहार: नीतीश कुमार 10वीं बेर लीहले मुख्यमंत्री पद के शपथ, 26 मंत्रियन के शपथ — सम्राट चौधरी आ विजय कुमार सिन्हा फेर बनलें उपमुख्यमंत्री।


नीतीश कुमार 10वीं बेर लीहले मुख्यमंत्री पद के शपथ,  26 मंत्रियन के शपथ — सम्राट चौधरी आ विजय कुमार सिन्हा फेर बनलें उपमुख्यमंत्री।


जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश कुमार गुरुवार के पटना में आयोजित शपथ ग्रहण समारोह में दसवीं बेर बिहार के मुख्यमंत्री के रूप में शपथ लिहलें।

राज्यपाल राजेन्द्र विश्वनाथ अर्लेकर नीतीश कुमार के पद आ गोपनीयता के शपथ दिलवनी।


समारोह में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, गृह मंत्री अमित शाह, यूपी, दिल्ली, महाराष्ट्र, असम समेत कई राज्यन के मुख्यमंत्री सहभागी रहलें। पीएम मोदी मंच पर नीतीश कुमार के हाथ उठा के समर्थकन के अभिवादन भी कइलें।





सम्राट चौधरी आ विजय सिन्हा फेर बनलें उपमुख्यमंत्री



एनडीए खेमे के दल के तरफ से सम्राट चौधरी आ विजय कुमार सिन्हा फेर उपमुख्यमंत्री पद के शपथ लिहलें।

नीतीश मंत्रिमंडल में एह दूनो नेता के फेर से अहम जिम्मेदारी दिहल गइल बा।





कुल 26 मंत्री बनलें — कई नया चेहरा शामिल



मुख्यमंत्री के बाद कुल 26 मंत्री शपथ लिहलें।


एहमें एह प्रमुख चेहरा शामिल रहलें—


  • विजय चौधरी
  • विजय कुमार सिन्हा
  • सम्राट चौधरी
  • विजय प्रकाश यादव
  • श्रवण कुमार 
  • मंगल पांडे
  • डॉ. दिलीप जायसवाल
  • अशोक चौधरी
  • लेसी सिंह
  • संजय कुमार सिंह 
  • मदन साहनी 
  • सुमित कुमार सिंह
  • दीपक प्रकाश 
  • रमा निषाद 
  • रामकृपाल यादव सहित अन्य कई गो चेहरा शामिल बा।


समारोह में मोदी के मौजूदगी, भीड़ में उत्साह

प्रधानमंत्री मोदी के मौजूदगी आ मंच से उनकर संबोधन पर समर्थकन में उत्साह देखे के मिलल।

मोदी नीतीश कुमार के बधाई देत कहलें कि बिहार में विकास आ स्थिर शासन के नयका अध्याय सुरु होखे वाला बा।

विधान परिषद के चार नया मंत्री

विधान परिषद से अशोक चौधरी, दिलीप जायसवाल, संतोष सुमन आ प्रमोद के मंत्री पद मिलल।


Post a Comment

0 Comments